शहीद मेला sahid mela 2081
Автор: madhesh janbidrohsamiti
Загружено: 2025-09-20
Просмотров: 11
Описание:
ll माघ ५ के साम मधेशी वीर शहीदन के नाम ll
शहीद मेला भव्यताके साथ मनावल गइल l
“हमनीके करिया झन्डा एसे ना फहराला काहेकी एकराके हावा हिलावेला l इ हर उ मधेशी वीर शहीदके आखिरी सांससे फहराला , जे सारा मधेशीके हक हितके खातिर आपन जानके आहुति देदेलक”
म. ज. वि. स. पटेल
२०८१ /१०/५ गते शनिवार जिल्ला बारा परवानीपुर गावपलिका ५ बहुअरी मे रहल शहीद वाटिका मे आजु मधेशी वीर शहीदनके यादमे अनेकन कार्यक्रम रुपी मेला मधेश जनविद्रोह समिति द्वारा भव्यता के साथ मनावल गइल उ मेलामे मधेश सहित समग्र देशके जन्तामे जागृति करत मधेश जनविद्रोह समितिके केन्द्रिय सदस्य अजय पटेल द्वारा देशके सारा भ्रष्ट नेता आ निकायके विरोधमे साथे सार्वारा नितिपर काम करेवाला पार्टी माओबादी देशमे समतामुलक संविधान समानुपातिक समवेसिता आदि विभिन्न मुद्दा खातिर ३३ हजार जनताके सहादत दिउआके सभे आज संगही बा l आखिर जनता आ देशके का मिलल?
.६२/६३ के जनआन्दोलन के बाद ,
• समग्र मधेश एक प्रदेश
• आत्म निर्णयके अधिकार
• पूर्ण समानुपातिक जनसंख्या के आधारपर निर्वाचन क्षेत्र के गठन
• भौगोलिक,भाषिक भाषा ,संस्कृतिके संवैधानिक संरक्षण, पर्यावरण संरक्षण आदि सब मुद्दा के खातिर २२ जिल्लाके मधेश लाय मधेशमे खुलल अनेकन मधेशी बहुरुपिया पार्टी सब मिलके बट्लोही से सपना बटलक l हजारो युवाके सहादत दिउवाके ८ जिल्ला के काटिया मे समागइल l
७२ के विश्व चर्चित मधेश आन्दलोनमे मधेशके विरोधमे सभी पहाडी केन्द्रित पार्टी नेपाली कांग्रेस ,एमाले,माओबादी तिन दलीय सरकार द्वारा मधेशी जवान पर सिधा ताकके सिना और कपार पर बुलेट मरवावे वाला पार्टी आ नेताके साथे गठबन्धन के नाम पर ठगबन्धन करे के आज सभे आपन आपन राजनीतिक रोटि सेकता l आखिर काहे ? मधेश आ मधेशीके का मिलल?
दरबार हत्याकाण्ड के करवइलक , काहे खातिर ? देशके मिलल का ?
लोकतन्त्र ,गणतन्त्र के नाम पर ३३ हजार जनताके साथे हजारो नेपाल प्रहरी ,नेपाल आर्मी ,नेपाल ससस्त्र प्रहरी लगायत सयकडो संचारकर्मी लोग के तत्कालिन माओबादी जनयुद्धमे जान गइल l देश और जनताके का मिलल ? यी के मरवईलक आ कथि खातिर ?
दश बर्षे द्वन्द कालमे टाउको के मोल ५० लाख जिनदा या मुर्दा के रखलेरहे ? काहे खातिर ?
६३/६४/७२ के विश्व चर्चित मधेश आन्दलोनमे हजारो मधेशी युवा के सहादत दिलवाके ६/६ महिना मधेश सहित समग्र देशके नाका थप कर के देश के अर्थतन्त्र के सांस बन्द कर देहल गइल l १३ सय रुपैया के ग्यास सिलिनडर १३ हजारमे आ सय रुपैया प्रति लिटर पेट्रोल के प्रति लिटर ५०० सय के दर से तत्कालिन तिन दलीय सरकार द्वारा मधेश के मुदा ना सम्बोधन कईलाके कारण मधेश बाहेक देश भर के जनता किने पर बाध्य भईल l आखिर काहे ? यी के करवईलक ?
आज यी देश के राष्ट्रघाती पार्टी आ नेता सब देशके ढुकुटी खाली कर के आपन स्वार्थ पुरा कररहल बाडसन l जवन कि दुनिया के कवनो डेमोक्रेटिक देशमे अइसन ठगबन्धन सरकार ना बनेला lलेकिन नेपालमे सब सम्भव बा l एकरा बादभी ७२ के संविधान कादुन दुनियाके शर्वोक्रिस्ट संविधान ह ,तिन दलीय राष्ट्रवादी नेता लोग के कह्नाम रहल बा l सम्बोधन के क्रम्मे पटेल द्वारा बतावल गइल l
इमेलामे बर्तमान राजनीतिक अवस्था पर म ज वि स द्वारा बनल गित संगित से भी जनजागृति करल गइल माघ ५ के साम मधेशी वीर शहीदन के नाम इ अनेकन कार्यक्रम रुपी मेला के म. ज. वि. स. के के.सदस्य अजय पटेल के सभापतित्व मे भैल रहे जेमे प्रमुख अतिथि श्री नन्दन मिश्रा रहल रले l उक्त कार्यक्रम मे म. ज. वि. स. के सदस्य गणेश साहकानु , ललन पटेल, महन्थ यादव, बिषेश्वर पटेल ,गावके भद्र भलादमी, युवा जमात तथा संचार कर्मी cin. com nepal के अनिल वर्मा, राष्ट आवाज के अनुप यादव ,परिवर्तन newsके मुन्ना ठाकुर, njs के नन्द किशोर गिरि, गायक लालबाबु पटेल ,धुरेंद्र सहनी ,बुलेट बिहारी लगायत लोगके निम्न उपस्तिथी रहल रहे l
Patel Rameshwar
Good
Повторяем попытку...
Доступные форматы для скачивания:
Скачать видео
-
Информация по загрузке: